RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

वतन खातिर

वतन खातिर

हम हई भारत के संतान,
हम ना हईं हिन्दू भा मुसलमान।
का हईं ? फरियावे के ई अवसर नइखे,
देश पर मर मिटे के बा, दोसर नइखे ।

जब तक जढ़ बनल रहवऽ,
आपस में तू लड़त रहबऽ,
अंतहीन झगड़ा में जब पड़ल रहबऽ, सौतन अस जब तक झोंटा नोचउवल करत रहबऽ,
केहू गपच जाई, जब तक गफलत में पड़त रहबऽ।

एके हवा पानी, धरती पर पैदा भइली,
केहू बड़, केहू छोट, कइसे में भइल ? फिर भेद-भाव कवनो पागल ही कइले होइहें,
कवनो बेवकुफ के हाथे जाति सम्प्रदाय गढ़ाइल होइहें।

कवनो मूर्ख के हाथ ई दीवार खींचाइल होइहें,
आपन विनाश के कुँआ ऊहे खोदले होइहें,
झटका, पटका के ऊहे राह बनवले होइहें।

जब गाय के पोंछ पकड़ वैतरणी पार कर पाइब,
छुवला से फिर सुअर कबो जन्नत से ना गिरे पाइब।

भजन, आजान के भेद, एकता के पोत में छेद कर दीही,
आपस में लड़ा-लड़ा, एक दूसरा के जान ले लीही।

बस भूल जाईं कि हम हिन्दू भा मुसलमान हईं ,
वतन के काम आईं हम, एक वतन भारत के संतान हईं।

रचनाकार: डॉ कृष्ण दयाल सिंह

(लेखक वर्तमान में आरा के वरिष्ठपुरी में निवास करते है,संपर्क:9570805395)

Related posts

भोपाल:गांधी जी के जीवन आदर्श हमारे सच्चे पथ प्रदर्शक : राज्यपाल

rktvnews

भगवान श्री कृष्ण की बाल लीला सुन भाव विभोर हुए श्रद्धालु।

rktvnews

21 अप्रैल 23 दैनिक पञ्चांग- ज्योतिषाचार्य संतोष पाठक

rktvnews

भोजपुर एसपी आवास के सामने रात्रि में घटित चोरी की घटना का उद्भेदन,4 गिरफ्तार।

rktvnews

भोजपुर: बार एसोसिएशन में मॉड्यूल रूल का खुलेआम उल्लंघन,तत्काल हो चुनाव: विद्या निवास सिंह

rktvnews

पूर्वी सिंहभूम:“सुरक्षित इंटरनेट दिवस” के अवसर जागरूकता कार्यशाला का आयोजन।

rktvnews

Leave a Comment