सीमा संतरी सुत
आधी-आधी रतिआ में फुटले किरीनिया
तिमरिवा घर से भाग गोइलन हो-2
गह-गह होखेला त गहमर, गोपाल घरवा गद-गद भइले हो
किरन के गोदिंआ में तेज अइले, रीता, मंजु,
घरवा नाचे लगली हो
तिमिरवा घर से भाग गोइलन हो 1-2
फागुन माह कृष्ण पंचमी-रविवार रहले हो,
अइसन शुभ घड़ी एगो इतिहास भइले हो।
तिमिरवा………..
नीलेश बाबू धरिके बनूक, देश राखेलन हो,
तेज बबुआ थमिहें त तोप, देश माथा ऊँचा होइहें हो
धन्य-2 बोलेलन गोबरधन बाबा,
तोता अइसन संजय दोहरावे लगलन हो।
तिमिरवा………..
निरखे लागी बबुआ के मुँहवा,
मोती माला नभ में लटक गोइलन हो, ललचल चाँद नैना फार फार के, निरख रूप तेज के अघाय लगलन हो।
तिमिरवा……….
मौजमपुर के माई के आशिष फरल, गंगा इतराये लगली हो,
के.डी. बाबा रचले रचनवा,
गायी गीत हीरा जी सुनावे लगलन हो।
तिमिरवा……..


