RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

कइसन ई दौर आइल बा…..! : विक्रांत

विक्रांत

कइसन ई दौर आइल बा..!

शिक्षा खातिर गाँव घर छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
साइकिल छोड़ आदमी मोटर साइकिल प आइल
त मोटरकार के कमी बुझाइल बा
बीघा बेच के कठा किनाइल
ई कइसन सौदाई बा
2 गज के चार दीवारी मे मन बड़ा उजबुजाईल बा
आज फिरु गाँव के इयाद आइल बा।
रोजगार खातिर गाँव छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
एहिजा के हो हल्ला मे
मन बड़ा उजबुजाइल बा
प्यार के भाषा बोले ना केहू
सभे आपन अइठान में इतराइल बा
आज फिर हमरा गाँव के इयाद आइल बा
बेहतर इलाज खातिर गाँव छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
ब्लड प्रेशर और सुगर एहिजा
हर घर में लेले अंगड़ाई बा
गाय बेच कुकर पलाइल
लोग गजबे बउराइल बा
भरल पुरल परिवार के टूटे से
सभके जीवन मुरझाइल बा
जीवन के हो रहल भाग दउड़ में
परान बड़ा कसमसाइल बा
हो कइसन ई दौर आइल बा
हो कइसन ई दौर आइल बा….

Related posts

भोपाल:फ्रूट फारेस्ट्री योजना से महिलाओं को मिलेगा स्व-रोजगार : राज्यपाल

rktvnews

राजस्थान:खेल मंत्री कर्नल राज्यवर्धन राठौड़ ने किया खेल संकुल का निरीक्षण।

rktvnews

भोजपुर: चोरी के सामान के साथ चोर गिरफ्तार

rktvnews

भोजपुर:धार्मिक अनुष्ठानों का सकारात्मक प्रमाण है आपसी सौहार्द : रघुपति यादव

rktvnews

रक्षा अनुसंधान और विकास संगठन द्वारा बेंगलुरु में ‘एक्सोस्केलेटन के लिए उभरती प्रौद्योगिकियों और चुनौतियों’ पर पहली अंतर्राष्ट्रीय कार्यशाला का आयोजन किया गया।

rktvnews

दरभंगा: जनता दरबार में जिलाधिकारी ने ऑन द स्पॉट कई मामलों किया निष्पादन।

rktvnews

Leave a Comment