RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

रंग जिनगी के !

रंग जिनगी के !

रंग के खेल अइसन ह
कि जब ले जिनगी बा
तब ले चलेला
कोई लाले-लाले चमकेला
कोई पीयर चननिया नियर सनेस देला
कोई हरियर-हरियर ओस नियर
भीतर-भीतर जुड़ाए जाला।
कबो-कबो जिनगी के कपड़ा पर
कवनो अनजोर रंग लाग जाला
जवन लाख धोवला पर भी छूटे के नाम ना लेला
कबो-कबो कवनो अबीर
एगो झोंका में उड़ जाला
जइसे कुछ भइलो ना होखे।
रंग सबके लागेला
दुआर पर बैठल बूढ़ पुरनिया के
आँगन में कूदल झमकली के
रोज के कमाए खाए वाला मजदूर के
चौबटिया पर बइठल बटोहिया के।
कोई आपन रंग देके खुशी से झूमेंला
कोई चुपचाप भींजेला
ना जाने ई सरसों फूले के रंग ह
कि भितरे के कवनो घाव के दाग!
रंग अइसन नटखट ह
कि बिना पूछले घुस जाला भीतर
मन के कोरा में
याद के कोठरी में।
होली के दिन सब रंगीन होला
बाकिर असली खेल त ओह दिन होला
जब लोग बिना रंग के
एक-दूसरा से बेरंग भेंट करेला।
कुछ रंग
हथेली पर रह जाला
कुछ रंग
कपड़ा पर चिह्न छोड़ जाला
बाकिर कुछ रंग
भीतर अइसन समा जाला
कि सब गंगो-जमुनो धो ना पावे।
कबो-कबो जिनगी के
एतना पक्का रंग चढ़ जाला
कि आदमी के बोल
ओकर हँसी, ओकर चाल
सबके रंगीन बना देला।
कुछ लोग
रंग दिहला के बहाने
अपना अंदर के भेद छुपा लेला
तो कुछ लोग
चुपचाप आपन बेरंग जिनगी में
होली खोजेला।
एही भीड़ में कवनो
लाल-नील आँख से झाँकेला
कवनो पीयर हँसी हौले से बिखरेला
कवनो हरा सपना
चुपचाप पलक के कोर में लुकाई लेला।
रंगवा के खेल अइसन ह
कि केहू के चेहरा चमका जाला
केहू के भीतर स्याह रात घुल जाला।
रंग जवन बा
उहे जिनगी के असली आइना ह।
रचनाकार: परिचय दास

Related posts

भोजपुर : हवाई अड्डा के बहुरेंगे दिन ,आधुनिक सुविधाओं से लैस होगा मंझौवा हवाई अड्डा।

rktvnews

जदयू द्वारा आयोजित दावत-ए-इफ़्तार में शामिल हुये मुख्यमंत्री।

rktvnews

भोजपुर: महिलाएं आज भी सामाजिक स्थिति में अपने रोगों को बताने से करती है संकोच: डॉ सविता रूंगटा

rktvnews

बागपत:जिलाधिकारी ने मुख्य चिकित्सा अधिकारी कार्यालय का किया औचक निरीक्षण।

rktvnews

मध्यप्रदेश सरकार प्रतिबंधित कफ़ सिरप से जुड़े किसी दोषी को छोड़ेगी नहीं : मुख्यमंत्री डॉ. यादव

rktvnews

दरभंगा:भिक्षुक लाभार्थी का हुआ सफल पारिवारिक पुनर्वास।

rktvnews

Leave a Comment