RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

पीछा निरेखल(परशुराम के प्रतिक्षा)

इमेज सौ: सोशल मीडिया

पीछा निरेखल(परशुराम के प्रतिक्षा)

आपन कपारे केकर पाप ढोवत बाड़ऽ

खून देके केकर कलंक धोवत बाड़ऽ?

बोलऽ बोलऽ ना वीर काहे चूप तुहूँ बाड़ऽ।।

का दया के बड़हन उफान जेकर रहे,

जे अगिआइल जोश अस बुतवले रहे,

कि तितकी का राखे ना गरम रहे।।

जे धरम के नाम लेले सेतिहे फूलल रहे,
थउसल तेजई पर ओढ़नी ढंपले रहे,

निरबल बना शांति के सपने डूबल रहे।।

उहे छाड़ि करम निपटावल
गाँछी त नाक दबावत बाड़न;

बरछा-तलवार गला गला,
तकली सुकुमार गढ़ावत बाड़न।।

नीमन नीमन लोगन के
गरमाइल जोश ठंढ़ावत बाड़न,
बाघन के बकरी कर देबे के
मन्तर साफ पढ़ावत बाड़न ।।

का चेला बना सँउसे संसार के,
गुरु कहावे के का बाटे नशा?
सूखल पिआसल धरती पर,
झूठा अमरित बरसावे के का बाटे लालसा ।।

गइल रहन पहिले ई सदेहे,
साधु-शिरोमणि संत पताले;
जा डूब गइलें रसातल में,
भल मानुस ई अपने समिटालें ।।

उनके अब धरम के मैजल के,
कान्हे उठा हम ढोवत बानी;
आपन खून बहा ललका,
सन्तन पाप के धोवत बानी।।

रचनाकार:डॉ कृष्ण दयाल सिंह
(लेखक वर्तमान में आरा के वरिष्ठपुरी में निवास करते है,संपर्क:9570805395)

Related posts

भोजपुर कांग्रेस की तैयारी समिति की बैठक आयोजित।

rktvnews

विगत एक शताब्दी से कृष्ण जन्मोत्सव पर संगीत सम्मेलन की परंपरा कायम।

rktvnews

भोजपुर:”मानव सेवा ही ईश्वर सेवा है,परोपकार सबसे बड़ा धर्म”: राज्यपाल

rktvnews

विज्ञान एवं प्रौद्योगिकी मंत्री उमेश पटेल ने चंद्रयान -3 के सफल लैंडिंग के लिए दी बधाई।

rktvnews

भोजपुर : शाहपुर-शिवपुर सङक का सांसद व विधायक करेंगे शिलान्यास।

rktvnews

भोजपुर:मशाल”प्रतिभा खोज खेल प्रतियोगिता का दुसरे दिन खेल आयोजन।

rktvnews

Leave a Comment