RK TV News
खबरें
Breaking News

मॉरीशस में भोजपुरी की जय और जय भारत।

आजमगढ़ के धरती धन्य बा। एही धरती से मॉरीशस में भारत के राजदूत विराजमान बाड़े।

RKTV NEWS/आजमगढ़ ( उत्तर प्रदेश)12 अक्टूबर।मॉरीशस के पावन धरती पर भोजपुरी के अलख जगा रहल भोजपुरी जन-जागरण यात्रा में भारतीय मूल के पूर्वजों का महत्वपूर्ण योगदान बा। सेंट हिलायर सामुदायिक केंद्र, मॉरीशस सरकार के एगो सरकारी सामुदायिक भवन हवे, जहाँ गाँव-समाज के बैठक, सांस्कृतिक कार्यक्रम, खेल-स्वास्थ्य जागरूकता शिविर होत रहेला। एही केंद्र से हमरे भारतीय मूल के भोजपुरी भाई- बहन लोग भोजपुरी भाषा और संस्कृति बचाओ खातिर जनजागरण यात्रा निकाल रहल बाड़े।
28 सितंबर से 25 अक्टूबर 2026 तक चले वाला ई ऐतिहासिक यात्रा करते हुए विश्व भोजपुरी संगठन की अध्यक्ष डॉ. हौशीला देवी रिसौल ने कहा कि भारतीय साड़ी आ धोती-कुर्ता में सजल माई-बहिन, भैया-भौजी, काका-काकी आ छोट-छोट लइका-लइकी के हाथ में भोजपुरिया यात्रा के बैनर, आ पीछे गन्ना के लहलहात खेत आ मॉरीशस के नीला आसमान – ई दृश्य देख के हर भोजपुरीयन क दिल आज गदगद हो गइल। ईहे त हमरे पुरखन के विरासत हवे।
भोजपुरी अकादमी एवं लोक कला शोध संस्थान आ अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी संगम भारत के अंतरराष्ट्रीय संयोजक एवं प्रभारी अरविंद श्रीवास्तव ‘चित्रांश’ कहनी कि लगभग 180 साल पहिले आजमगढ़, बलिया, गाजीपुर, बनारस, गोरखपुर, देवरिया, आरा, छपरा सहित समूचा पूर्वांचल – उत्तर प्रदेश, बिहार आ छत्तीसगढ़ से गइल हमरे पूर्वज लोग आजो भोजपुरी के माटी के सुगंध मॉरीशस में बड़का जतन से बचवले बाड़े।आजमगढ़ के धरती धन्य बा। एही धरती से मॉरीशस में भारत के राजदूत विराजमान बाड़े, जिनके विचार हमेशा भोजपुरी संस्कृति के प्रति बड़ सम्मान आ गरिमा से भरल रहेला। भोजपुरी खाली एगो भाषा ना, संस्कार हवे,ई भारतीय सभ्यता हवे। आजमगढ़ से लेके मॉरीशस तक जब ले भोजपुरी बाजत रही,गूंजती रही,तब ले हमनी के पहचान पूरी दुनिया में जिंदा रही।

Related posts

पर्यावरण, महासागर और मत्स्य पालन के लिए यूरोपीय आयुक्त वर्जिनिजस सिंकेविसियस ने पृथ्वी विज्ञान मंत्री किरेन रिजिजू के साथ बातचीत की।

rktvnews

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा ने एम्स ऋषिकेश के पांचवें दीक्षांत समारोह की अध्यक्षता की।

rktvnews

खंड- खंड में विभक्ति से नही एकजुटता और जनांदोलन से मिलेगी भोजपुरी को संवैधानिक मान्यता:वक्तागण

rktvnews

मुजफ्फरपुर:विकसित बिहार 2047 के सपने को साकार करने के निमित्त विजन डॉक्यूमेंट होगा तैयार।

rktvnews

गढ़वा:शीतलहर से राहत हेतु गढ़वा जिला को 3 लाख रुपये की स्वीकृति।

rktvnews

वर्ष 2018 के सुभद्रा कुमारी चौहान कहानी पुरस्कार से सम्मानित किए गए लेखक गोकुल प्रसाद सोनी।

rktvnews

Leave a Comment