RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

भरोसा उठल जात बा।

धर्मदेव सिंह (प. बंगाल)

भरोसा उठल जात बा

अब बेटिन के
आदमी पर से
भगवान अल्लाह गाॅड पर से
भरोसा उठल जात बा

ना कवनो आदमी के
ना कवनो भगवान के
हम सभ बेटीन के
रक्षा करत देखके
अब इनका प से
भरोसा
उठल जात बा ।

खेत खलिहान
स्कूल कालेज
असपताल से लेके
राम अल्लाह गाॅड के
आश्रम तक
अपनाके लुटाईल
अउर मराईल देखके
बेटी सभ कहतारी कि
अब इनका प से
हमनी के भरोसा
उठल जात बा ।

हमनी के
रोजे आदमी अपहरण करत बा
रोजे बलात्कार करत बा
रोजे हमनी के
हाथ पाँव बाँधके
मुँह में लता ठूँसके
आरी से
टुकड़ा टुकड़ा करत बा
खुदा राम गाॅड में से
केहु ना परगट होके
हमनी के बचावत बा ?

एहिसे
अब आदमी पर से
गाॅड अल्लाह राम पर से
हमनी के
भरोसा उठल जात बा।

Related posts

दरभंगा:जिला विधिक सेवा प्राधिकार के तत्वावधान में विश्व पर्यावरण दिवस पर वृक्षारोपण कार्यक्रम का आयोजन।

rktvnews

केन्द्रीय गृह एवं सहकारिता मंत्री अमित शाह ने राष्ट्रीय सुरक्षा गारद (NSG) के स्थापना दिवस के अवसर पर बल को शुभकामना दी।

rktvnews

फरीया के रही (13-12-01 संसद पर आक्रमण)

rktvnews

जम्मू और श्रीनगर में जियो ट्रू5जी लॉन्च, उपराज्यपाल मनोज सिन्हा ने किया उद्धघाटन।

rktvnews

इन्दिरा गांधी गैस सिलेण्डर सब्सिडी योजना अंतर्गत लाभार्थी उत्सव का आयोजन!जिले के 47,471 लाभार्थियों के खाते में 1.98 करोड़ कि सब्सिडी हस्तांतरित।

rktvnews

दैनिक पञ्चांग : 29 अप्रैल 25

rktvnews

Leave a Comment