RK TV News
खबरें
Breaking Newsनिर्वाचन

गोपालगंज डीएम ने मतदान हेतु मतदाताओं से “भोजपुरी भाषा”में अपने संदेश के माध्यम से की अपील।

जिलाधिकारी सह जिला निर्वाचन पदाधिकारी मो मकसूद आलम

RKTVNEWS/गोपालगंज (बिहार) 04 मई। लोकतंत्र के सबसे बड़े पर्व पर लोकसभा चुनावों में मतदान करने हेतु गोपालगंज के जिलाधिकारी सह जिला निर्वाचन पदाधिकारी मो मकसूद आलम ने भोजपुरी में मतदाताओं से मतदान करने हेतु अपने संदेश के माध्यम से की अपील।

जिलाधिकारी सह जिला निर्वाचन पदाधिकारी मो मकसूद आलम का भोजपुरी में संदेश।

प्रिय मतदाता,
ए पाती के माध्यम से रउआ सब लोगन से एगो निहोरा बा। ई अइसन गुजारिश वा जेहके स्वीकार रउआ लोगन न केवल आपन, बल्कि आपन समाज अउर सगरो देश के भला कर सकी ला जा।
जइसन कि रउआ सब लोगन के मालूम होई कि देशभर में लोकसभा चुनाव- 2024 के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। रउआ लोगन के आपन जिला गोपालगंज में मतदान 25 मई 2024 के होखे के बा। ए चुनाव में सबर्हि जने के भागीदारी जरूरी बा। खासकर आपन जिला से दूर रहे वाले सबही मतदाता पर लोकतंत्र के ई महापरव में भागीदारी निभाये के जिम्मेदारी अउरो बढ़ जायेला। जइसे होली, दशहरा, दिवाली, ईद अउर छठ परबन में रउआ लोगन खुशियां मनावे दूर-दराज से सपरिवार आपन घरे आवे नी लोग ए चुनाव में भी वोट डाले खातिर रउआ सब जरूर आई।
याद रखी जा, अन्य परब-त्योहार त साल में एक बेर जरूर आ जाला, लेकिन वोट देके लोकतंत्र के महापरब मनावे खातिर पांच साल के लंबा इंतिजार करे के पड़ेला। साथ ही बाकी सब परवन के खुशी त कुछ ही दिन रहेला, जबकि लोकतंत्र के महापरब हमनी के सगरो खुशी के ठोस आधार देवेला। एगो खुशहाल नागरिक और खुशहाल समाज खातिर स्वस्थ लोकतंत्र जरूरी होला। याद राखी जा आप सब लोगन के एक-एक वोट बहुत मूल्यावान बा जे लोकतंत्र के मजबूत आधार देई।
एकरा खातिर रउआ लोगन से करबद्ध निहोरा बा कि अपना जिला में मतदान के तारीख 25 मई 2024 के ध्यान में राखी अउर आपन अमूल्य वोट देवे जरूर आई।

Related posts

भोजपुर: पुरानी रंजिश में हत्या,गिरफ्तारी को पहुंची पुलिस पर बरसाई गोलियां!बचाव में पुलिस की गोली से दो अपराधी घायल।

rktvnews

भोजपुर:अनाइठ धोबी घटवा मे हर घर झंडा कार्यक्रम जोर शोर से अशोक यादव के नेतृत्व में चलाया गया।

rktvnews

भोजपुर:विश्व उच्च रक्तचाप दिवस पर संगोष्ठी आयोजित,हाइपरटेंशन से निजात संभव:डा मधुकर प्रकाश

rktvnews

भोजपुर : पुलिस ने भारी मात्रा में शराब की खेप की बरामद।

rktvnews

अटल भूजल योजना के अंतर्गत तालाबों के संबंध में जिलाधिकारी ने की बैठक!मानक अनुरूप गुणवत्ता के साथ तालाबों का किया जाए कार्य पूर्ण:जिलाधिकारी

rktvnews

भोजपुर:जनसंवाद कार्यक्रम में पहुंचे अजय सिंह, समस्या समाधान का दिया आश्वासन।

rktvnews

Leave a Comment