
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम
भाई के घरवा जाई के बहिनिया
करेले भगवन से इहे बिनीतिया
कि जुग जुग जियस मोर भईया ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम ।
थरिया में लेके अक्षत दही रोलिया
भाई के लीलरा प लगाई के तिलकवा
भगवन से करेली इहे दुअवा ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम।
इनका प जनि आवे कवनों बिपतिया
काल न आवे कबहुँ इनका लगिया
बनल रहे भाई बहन के अमर पीरितिया ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम।
भाईये प रहेला बहिन के शानवा
भाईये बूझेला बहिन के दरदिया
भईयवे रहेल दुर्दिन साथ ए राम
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम।
जुग जुग जियस मोर भईया ए राम।

