RK TV News
खबरें
Breaking Newsसाहित्य

कइसन ई दौर आइल बा…..! : विक्रांत

विक्रांत

कइसन ई दौर आइल बा..!

शिक्षा खातिर गाँव घर छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
साइकिल छोड़ आदमी मोटर साइकिल प आइल
त मोटरकार के कमी बुझाइल बा
बीघा बेच के कठा किनाइल
ई कइसन सौदाई बा
2 गज के चार दीवारी मे मन बड़ा उजबुजाईल बा
आज फिरु गाँव के इयाद आइल बा।
रोजगार खातिर गाँव छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
एहिजा के हो हल्ला मे
मन बड़ा उजबुजाइल बा
प्यार के भाषा बोले ना केहू
सभे आपन अइठान में इतराइल बा
आज फिर हमरा गाँव के इयाद आइल बा
बेहतर इलाज खातिर गाँव छुटल
शहर त अबकी धराइल बा
ब्लड प्रेशर और सुगर एहिजा
हर घर में लेले अंगड़ाई बा
गाय बेच कुकर पलाइल
लोग गजबे बउराइल बा
भरल पुरल परिवार के टूटे से
सभके जीवन मुरझाइल बा
जीवन के हो रहल भाग दउड़ में
परान बड़ा कसमसाइल बा
हो कइसन ई दौर आइल बा
हो कइसन ई दौर आइल बा….

Related posts

भोजपुर:आर वी एस कप जिला शतरंज प्रतियोगिता का पुरस्कार वितरण से हुआ समापन।

rktvnews

भोजपुर: पत्रकार और पुलिस प्रशासन के बीच मैत्री क्रिकेट मैच का आयोजन।

rktvnews

केंद्र ने हाल ही में भारत में कोविड-19 के मामलों में वृद्धि और जेएन.1 वेरिएंट के पहले मामले का पता चलने के मद्देनजर राज्यों को परामर्श जारी किया।

rktvnews

गिरीडीह :जिला परिवहन पदाधिकारी ने बगोदर थाना के पास ओवरलोडेड वाहनों के विरुद्ध सघन जांच अभियान चलाया।

rktvnews

भोजपुर:साइकिल रैली से पर्यावरण संरक्षण और लैंगिक अपराधों के खिलाफ चला अभियान।

rktvnews

भोजपुर:नवसृजित राजकीय महाविद्यालय, सहार में प्रो. कन्हैया बहादुर सिन्हा को श्रद्धांजलि*

rktvnews

Leave a Comment